पटना। 18 लाख से भी बेसी छात्रन के साथ दुनिया के सबसे बड़ इंदिरा गांधी राष्ट्रीय मुक्त विश्वविद्यालय (इग्नू) के जुलाई सत्र में दाखिला लेवे के तारिख 17 अगस्त ले बढा दीहल गइल बा। दू सई रुपया विलंब शुक्ल के साथ केहू भी आपन दाखिला 17 अगस्त तक ले सकेला। ज्ञात होखे कि एही सत्र से इग्नू भोजपुरी के आधार पाठ्यक्रम खातिर भी दाखिला शुरु क रहल बा।
एह बारे में जानकारी देत इग्नू के क्षेत्रीय निदेशक डा. ए एन त्रिपाठी बतवले कि प्रोस्पेक्टस में दीहल हर कोर्स खातिर ई नियम लागु होई, लेकिन जवना कोर्स खातिर अलग से आवेदन लिहल जा रहल बा, ओहपर ई नियम लागु ना होई।
पिछिला साल का अंत मे इग्नू अपना पाठ्यक्रम में भोजपुरी के शामिल करे के घोषणा कइलस, त भोजपुरिया समाज में खुशी के लहर दौड गइल। आ छह महीना का भीतर इ कोर्स के शुरु क के इग्नू आपन वादा के पुरा भी क देले बा, एकरा खातिर इग्नू प्रबंधन आ विशेष रुप से प्रो. शत्रुधन कुमार जी बधाई के पात्र बानी।
भोजपुरिया डॉट कॉम का ओर से हम नवहा लोग से अपील करब कि ऊ लोग ज्यादा से ज्यादा संख्या में एह कोर्स में एडमिशन लेव लोग, ताकि बाकि सब यूनिवर्सिटी के भी भोजपुरी के अपना पाठ्यक्रम में शामिल करे के प्रेरणा मिलो।
अगर रउआ कवनो आउर विश्वविधालय से कुछ आउर कोर्स भी क रहल बानी, तबो रउआ एह पाठ्यक्रम में दाखिला ले सकेनी। दूरस्थ शिक्षा प्रणाली के तहत चले वाला एह कोर्स के केहू भी घर बइठले क सकेला। भोजपुरी फिल्मन आ टीवी चैनलन के बाढ में भोजपुरी पढे वालन के रोजगार खातिर बेहतर अवसर मिली, एह में कवनो संदेह नइखे।



Bhojpuri Bhasa ke vikash me ab ego aur naya Aayam jud gail....
eh khati je log prayas kail; sabke badhai aur Shadhuvad....
एकरा के शुरु कराये में लागल हर आदमी के हम धन्यवाद दिहल चाहब, एकदम दिल से.