बक्सर। पिछला मई महीना में बक्सर के एम वी कॉलेज के राजनीतिशास्त्र के विभागाध्यक्ष डा. रविकांत दुबे जी एगो अइसन ऐतिहासिक काम कइले बानी, जेकर जेतनो सराहना कइल जाव, कम बा। रविकांत जी बक्सर जइसन छोट शहर में रह के दुनिया के सबसे सबसे ताकतवर व्यक्ति अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा के जीवनी लिखले बानी, आ एकर महत्व एह खातिर आउर भी बढ जाता काहें कि राष्ट्रपति बनला का बाद बराक ओबामा पर निकलल ई दुनिया भर में पहिला किताब हवे। एह किताब के कवनो भारतीय द्वारा बराक ओबामा पर लिखल पहिला किताब होखे के गौरव भी प्राप्त भइल बा।"बराक ओबामा के जादुई व्यक्तित्व से ना सिर्फ हम, बल्कि सारा दुनिया प्रभावित बाटे। आ बिहार के एगो छोट शहर से हम उनका के एगो अइसन तोहफा देवे के कोशिस कइनी, जवन कि उनुकर सपना के अनुरुप बाटे। ओह बदलाव के सपना के, जवना के ऊ बात करत रहले अपना चुनाव प्रचार के दौरान। एगो अइसन समाज के सपना, जहाँ केहू जाति आ रंग से बड-छोट ना होई, बल्कि सबके अपना काम के बदौलत आगे बढे के मौका मिली..." रविकांत जी भोजपुरिया डॉट कॉम से एगो खास बातचीत में कहनी।
"ई शायद बराक ओबामा के असर ही रहे, जवन कि हमरा के बक्सर में होखला का बावजुदो ई किताब लिखे खातिर प्रेरित कइलस। एगो अइसन लइका जेकर माई आ बाबुजी अलग हो गइल, आ जेकरा नांव में हुसैन शब्द जुडल बा, का ओकरा से रउआ दुनिया के सबसे बड कुर्सी पर पहुँचे के अपेक्षा रख सकेनी? शायद ना, लेकिन इहे खास बा बराक ओबामा में, जवन कि उनुका के बाकी लोग से अलग रखेला। हम अपना किताब में उनुकर जिनगी के बहुत अनछूअल पहलुअन पर भी चर्चा कइले बानी", रविकांत जी कहनी।
“द हीरो ऑफ चेंजिंग वर्ल्ड: बराक ओबामा” नाम से अंग्रेजी में लिखल एह किताब में 300 से ज्यादा पन्ना में बराक ओबामा के बचपन से लेके उनुका राष्ट्रपति बनला तक के पूरा विवरण बाटे। मई महीना में प्रकाशित भइल एह किताब के एगो प्रति बराक ओबामा के भी डाक द्वारा भेजल गइल बा।
अपना लेखन का बल पर राष्ट्रीय स्तर पर पहचान बना चुकल रविकांत जी के वैश्विक आर्थिक मंदी, भारत-श्रीलंका संबंध, आ भारतीय विदेश नीति जइसन विषय पर कई गो किताब प्रकाशित हो चुकल बाडी सन। भारत-श्रीलंका संबंध पर उनुकर किताब के विमोचन तत्कालिन राष्ट्रपति शंकर दयाल शर्मा कइले रहन। लोक प्रशासन नांव से लिखल उनुकर किताब के विमोचन बिहार के राज्यपाल ए. आर. किदवई द्वारा कइल गइल रहे। एकरा अलावा विभिन्न साहित्यिक आ सामाजिक संस्थन द्वारा इनका के सम्मानित भी कइल जा चुकल बा।




we are very much happy to know that you are from buxar.....
I am proud of you......
regd
Rajesh
Sukhad Anubhuti Bhail. Bhojpuri Samaj ke mitti me anek ratn badan.. Ravikant jee ke dher sara Bhadhai...
एह तरह के खबर पढला का बाद नवहा लोग के भी भोजपुरिया होखे में गर्व महसुस होई. धन्यवाद रविकांत जी...
Dr. Ravi Kant Dubey Jee Ke aneko pustak aail ... Parantu Barack Obama Se t Unha ke Antarrastriy Chhavi Kayam kar lihli ... apna Guru ji ke Dher Sara Bhadhai....
Om Prakash Roy , Star News
Dr. S. P. Shahi , A.N. COLLEGE , Patna
gyan ke jyoti se raur pustak America ke
White House Me Dastak dihlas je baat
"KABILE TARIF BA" I I P A, Delhi me raua se January me bhet rahe .......
eh Uplabdhi par Dher Sara BADHAI.... BADHAI...
--
Dr. Sujeet Dubey
Rajendra College, Chapra..
I am just wondering what Barack Obama would be thinking, while reading your book. keep it up.
Keep it up... CONGRATULATIONS.....
I am very happy to know that your are the first writer from India to write a book on OBAMA after being President..
Congratulations...
we feel proud and honored that we are associated with you . I have no words to congratulate you for this International achievement.... we are waiting for the next ...
Reaiy it`s a big Achievement . we are proud of you .
Sir,
I am very happiness. You are write first international book.
Please receive my comment.......Aapke liye...
Manu nahi Manuputr hai yah samne,
jiski kalpana ke jeebh me bhi dhar hoti hai...
Baan hote nahi veecharon ke kewal,
swapn ke bhi haath me talwar hoti hai...
Warm regards
I am waiting for a copy of the same.
lagatar pratikriya prapt ho rahal ba . 20 go se adhik log website par aapan pratikriya darj kara chukal badan.
Hum abhari bani SUDHIR JEE ke prati , bhojpuriya.com ke team ke prati aur pratikriya debewala samast logan ke prati. Aage bhi intjar rahi raura sujhav , aalochna aur prashansha ke ...
बनवाए में ज्यादा कारगर साबित होयी / फिर भी दुबे जी के इ बहुत बड़ा उपलब्धि बटुए / बधाई ....
करिया आदमी गोर घर में काबिज हो गइल बा।
बराक ओबामा के बाद आपकी कौन सी पुस्तक प्रकाशीत होनेवाली है ?.
अगर संभव हो सके तो बिहार के मुख्य मंत्री नितीश के प्रशाशन पर
एक पुस्तक अवश्य लिखे .
आप तो बराक ओबामा पर लिखल पुस्तक की वजह से पुरे मीडिया पर छा गेल बानी /
humhooo eegoo kitab likhaa taneee hamaraa kee sahyogg kareen
आपकी इस बेहतरीन उपलब्धि की जितनी भी तारीफ की जाय
कम है | आपने हमारे विश्वविद्यालय का नाम रौशन किया है |
बल्कि यह उस बीज को पहचानने का सतत उपक्रम है; जिसमे सम्पूर्ण वृक्ष
होने की सम्भावना छिपी रहती है| सर, आपने बराक ओबामा पर पुस्तक लिखकर
बहुत दूर तक और बहुत देर तक असर करनेवाला कार्य किया है ; बहुत -बहुत बधाई |
वीर कुवर सिंह विश्वविद्यालय का नाम अमेरिका के व्हाइट हाउस तक पहुंचा
कर हमारा सम्मान बढाया है | आपको कोटिश: धन्यवाद |
On this glorious land of Maharshi Vishvamitra you have done a remarkable work which is a asset for future generation.
हर तरह से मुझे यह पुस्तक बेहतर लगी | लेकिन एक बात मुझे खटकती है | ओबामा
हनुमान और महात्मा गाँधी के भक्त है | उनकी चर्चा बहुत कम है | इन्हें ज्यादा अहमियत
मिलनी चाहिए थी | डॉ दुबे को मेरा सुझाव है की अगले संस्करण में इसका ध्यान रखेंगे |
bhai Ranvijay.
(YOU ARE ALSO GREAT SIR)
most humbally I am very happy to know your performance
that A person in my District who know more than know about of white house & Barak Obama
Shashikant
Hakimpur, Buxar
Most humbally and requestfully . You are the lord of Bhojpuri