मुंबई। अपना सुप्रीमो बाल ठाकरे के खिलाफ खबर दिखावला पर नाराज शिवसैनिक शुक्रवार के गुंडागर्दी पर उतर अइले सन, आ ऊ लोग मुंबई में आईबीएन- नेटवर्क18 के दफ्तर में आईबीएन7 आ ग्रुप के ही मराठी चैनल आईबीएन लोकमत के दफ्तर में जमके तोड़फोड़ आ मारपीट कइल।दोपहर करीब चार बजे दर्जनन गो कार्यकर्ता शिवसेना के जय-जयकार करते हुए दफ्तर में घुस गइल, एह लोगन के हाथ में रॉड, बैट आ डंडे रहे। आते साथ इ लोग तोड़फोड़ शुरु क दिहल। रोकला पर ऊ लोग ओहिजा मौजूद कर्मचारियन के साथ मारपीट भी कइल, जवना में कई लोग घायल हो गइल बा।
गौरतलब बा कि मुंबई के विक्रोली में नेटवर्क-18 के दफ्तर हवे, जवना में आईबीएन7 आ ग्रुप के मराठी चैनल आईबीएन लोकमत के दफ्तर बा। एही दफ्तर पर शिवसैनिकन के हमला के बाद पुलिस मौका पर पहुंच चुकल बिया। वइसे आईबीएन7 के कुछ कर्मचारी मिल के कुछ गुंडन के दबोच लेले रहले सन, ओह लोगन से पुलिस पूछताछ क रहल बिया।
आईबीएन7 के दफ्तर पर भइल एह हमला के हर तबका के लोग विरोध कइले बा। कांग्रेस नेता संजय निरुपम, आ प्रिया दत्त सरकार से अपील कइले बा लोग कि एह मुद्दे पर तुरंत एक्शन लिहल जाव। एनसीपी नेता डीपी त्रिपाठी के कहनाम बा कि एह हमला के ऊ हैरान बाडे। एक घंटा के भीतर एह पर प्रभावी ढंग की कार्रवाई कइल जाई। दोसरा ओर आईबीएन7 के मैनेजिंग एडिटर आशुतोष सवाल उठवले कि आखिरकार महाराष्ट्र के प्रशासन का क रहल बाटे। मीडिया पर हमला लोकतंत्र पर हमला बा, काहें कि ऊ लोग नइखे चाहत कि लोगन के असलियत पता चले। ऊ लोग नइखे चाहत कि मीडिया उनुकर कवनो कदम के खिलाफ आवाज उठाए। लेकिन हमनी का डेराये वाला नइखी जा, आ अपना लक्ष्य से ना डिगेब जा।
महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री अशोक चव्हाण के कहनाम बा कि ई घटना दुर्भाग्यपूर्ण हवे। हम एह घटना जे निंदा करत बानी, आ जे केहू भी एह हमला के जिम्मेदार बा, ओकरा के बख्शल ना जाई। मुख्यमंत्री इहो बतवलन कि ऊ पुलिस कमिश्नर के हमलावरन के खिलाफ तुरंत कार्रवाई के आदेश दे देले बाडे।




कुछ वोह ले भद्दा टिपण्णी ऊ सोनिया गाँधी के खिलाफ भी कईले रहले , जरसी गाय कहले रहले |
फेरु ऊ कुछ वोह से जुडल शब्दन के परयोग उ राहुल गाँधी खातिर कईले रहले |
हाल फिलहाल में ऊ सचिन तेंदुलकर के सिखावे लगले की का करे के चाही का न करे के चाही |
अब जवान आदमी हतना निकृष्ट बात कही सकेला जे अपना घर के सम्हार के ना राख पावल ( राज ठाकरे अलग हो गईले ) ऊ अगर सम्मान के लोक लाज के बात करे आ वोह खातिर ओकर समर्थक लो केहू भी निर्दोष के मारस पिट्स लो ई बहुत घृणित काम बाटे |
वैसे ऐसन घृणा के अपेक्षा हमनी के वोह ठाकरे परिवार से कई सकेनी जा जेकर धरम करम हमेशा से निर्दोष , बेगुनाह लोगन के मारल आ सतावल रहल बा |
एगो और चीज देखे के बाटे की ई शिव सैनिक ( पता न कैसे एकनी के भगवान् के नाम रखले बाडन सा आ भगवान् के माने वाला लोग हमरा नजर में अइसन काम कबो ना करी ) के ता असली निशाना आई बी एन लोकमत के एडिटर इन चीफ निखिल वागले ( एगो मराठी) रहले हां |
ता शिव सेना आ मनसे के ईसन सब हरकत बहुत साफ़ सन्देश बाटे की ओकनी के चाचा भतीजा आपन रोटी सेंके खातिर अपने भाई बह्तिजा ( मराठी मानुष ) मार पिट सकेलन सा |
आ रहल बात ओजुगा के सरकार के ता बस ओकनी के अब हिजड़ा घोषित कई देबे के चाहि एह से की ऊ कुछ करे वाला नईखन सा |
जय भोजपुरी
अगर हमारे देश के नेता अपने स्वार्थ के लिए दंगा करता है , तो जबाब मे हमारे देश क़ानून यह कहता है , की करवाही की जाएगी , यानी किसी को मर्डर करो भभिस्य मे कही सज़ा मिल सकता है , ऐसा हमारे देश का क़ानून है !
अगर ऐसा हाल रहा हमारे देश के नेताओ का और क़ानून का, तो भारत का बेटा कहलाना गर्व की बात होगी , क्योकि हमारे देश की नेता अपने स्वार्थ के लिए दूसरे का जान लेते है (इससे बड़ी गर्व की बात क्या हो सकती है ) वाह रे हमारे देश के चलाने वाले नेता धन्याबाद आप लोगो का! हमारे देश के नेता मर्डर कर के बोल रहे है की फिर बोलो गे तो फिर से वही हाल होगा ! हमारे देश का नेता और क़ानून यह कह रहा की करवाही होगी, फ्यूचर मे बात करते है. हमारे देश के नेता और क़ानून सलाम है इस देश के नेता और क़ानून का (अमित दूबे की ओर से )
नोट:- मै यह चैलेंज देता हू की बाल ठाकरे को कोई कुछ नहि बिगाड़ सकता क्यो की इस देश के नेता और क़ानून बिका हुवा है. मै ऐक स्टूडेंट हू ! मेरा उम्र २० बर्ष का है मै ज़्यादा पढ़ा लिखा नहि हू , लेकिन मेरा जो दिल कहा ओ आप लोगो के सामने पेस कर दिया हू
(देश की जनता को दूबे का प्रणाम)