Home Samachar National राज के धमकी के आगे झुकल बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज

राज के धमकी के आगे झुकल बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज

E-mail Print PDF
share
मुंबई। अपना 'मराठी फैलाओ' अभियान में राज ठाकरे आ उनुकर पार्टी महाराष्ट्र नवनिर्माण सेना के आज दूगो बड़हन सफलता मिलल। एक त बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज उनुकर मांग के आगे झुक गइल, आ दोसरा ओर महाराष्ट्र के सीएम अशोक चव्हाण भी उनुकर एगो बड़ मांग के समर्थन कइले।

महाराष्ट्र नवनिर्माण सेना बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज के चिट्ठी लिख के कहले रहे कि ऊ आपन वेबसाइट मराठी में बनाओ। आ एह बात खातिर आज बीएसई राजी भी हो गइल बाटे। एमएनएस एह से पहिले धमकी भरे अंदाज में कहले रहे कि शुक्रवार तक मराठी में वेबसाइट बन जाये के चाहीं।

बीएसई मराठी में वेबसाइट बनाये खातिर त राजी हो गइल बाटे, लेकिन शुक्रवार तक वेबसाइट तैयार हो पाई कि ना, एह बारे में ऊ लोग कुछ नइखे कहले। बीएसई मैनेजमेंट एहिजा एमएनएस से वादा कइलस कि जल्दिये मराठी में वेबसाइट लॉन्च कइल जाई।

दोसरा ओर, महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री अशोक चव्हाण एहिजा शनिवार के रेलवे से कहले कि ज्यादा से ज्यादा मराठियन के भर्ती कइल जाव। चव्हाण आज रेल मंत्री ममता बनर्जी से ई अपील कइले कि ज्यादा से ज्यादा स्थानीय लोगन के रेलवे में नौकरी दिहल जाव। लागता कि मराठी राग अलापते हुए चव्हाण भी अब राज ठाकरे के राह पर चले के कोशिश क रहल बाडे।

 


Related news items: