Home Samachar National राज ठाकरे के जागीर ना हवे मुंबई: नीतीश

राज ठाकरे के जागीर ना हवे मुंबई: नीतीश

E-mail Print PDF
share
पटना/मुंबई। मुंबई में फइलल मलेरिया के लेके उत्तर भारतीयन के खिलाफ जहर उगले वाले महाराष्ट्र नवनिर्माण सेना प्रमुख राज ठाकरे के बयान से बवाल मच गइल बाटे। एह मुद्दा पे कुल्ह दल राज ठाकरे के आड़े हाथ लिहले बाडे सन, आ एह में सबसे कडा प्रतिक्रिया बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के आइल बाटे। एह मुद्दा पर बात करत नीतीश कुमार कहलन कि मुंबई राज ठाकरे के जागीर ना हवे।

नीतीश के कहनाम बा कि मुंबई पूरा देश के हवे, आ हर भारतवासी के एह पर समान हक बा। नीतीश इहो कहलन कि राज ठाकरे के जुबान पर उनकर नियंत्रण नइखे रह गइल। महाराष्ट्र में कांग्रेस के राज बा, लेकिन ओहिजा के सरकार उनका (राज ठाकरे) खिलाफ कवनो कार्रवाई नइखे करत। एही वजह से राज ठाकरे की हिम्मत बढ़त जा रहल बाटे। नीतीश कहलन कि मुंबई केहु के निजी संपत्ति ना हवे, अउर एकरा निर्माण में पूरा भर देश के लोगन के योगदान बा।

एहिजा ई बतावल जरुरी बा कि राज ठाकरे काल्ह अपना बयान में कहले रहलन कि दोसरा प्रांत से आरहल मजदूर लोग मुंबई में मलेरिया फैलाये खातिर जिम्मेदार बा। एह मुद्दा पर चौतरफा वार झेल रहल राज ठाकरे के आज केन्द्रीय दूरसंचार मंत्री गुरूदास कामत भी आड़े हाथ लेहल। मुंबई से लोकसभा चुनाव जीतकर संसद पहुंचल कामत कहलन कि राज ठाकरे के बयान दुर्भाग्य पूर्ण बाटे। राज ठाकरे कुछ लोगन के छवि बिगाड़ल चाह तारे, अउर उनुकर मंशा तनाव उत्पन्न करे के बा। कामत के अलावा कांग्रेस सांसद प्रिया दत्त भी राज के बयान के हास्यास्पद बता चुकल बाडी। मुंबई में जनवरी से फैलल मलेरिया में कथित रूप से अब ले 40 लोगन के जान जा चुकल बाटे, एह में से 19 लोगन के मौत जुलाई में भइल रहे। नीतीश के अलावा एह मुद्दा पर राजद भी राज ठाकरे के बयान पर तीखी प्रतिक्रिया देत उनका गिरफ्तारी के माँग कइले बाटे।

राज ठाकरे के एह बयान के भोजपुरिया परिवार पुरजोर शब्दन में निंदा करता, आ अपना राजनीतिक फायदा खातिर भोजपुरिया समाज के बदनाम करे, आ ओकरा खिलाफ आग उगलत रहे के ई रवैया हमनी खातिर असहनीय बा। वइसे एह मामला के सबसे सुखद पहलु ई बा, कि नीतीश कुमार खुद एह मामला पर आगे आइल बाडन, आ हमनी के चाहीं कि देशभक्त भारतीय लोगन के सम्मान के एह लडाई में राज ठाकरे नियन राष्ट्रविरोधी तत्वन के विरोध खातिर एकजुट होके आवाज बुलंद कइल जाव। हमनी के एकता में एतना त ताकत होखहीं के चाहीं, कि सरकार ठाकरे नियन देश के गद्दार के खिलाफ कार्यवाही करे खातिर मजबूर होखे।

Related news items: