Home Samachar National लेह में बिहार रेजीमेंट के 33 जवान लापता

लेह में बिहार रेजीमेंट के 33 जवान लापता

E-mail Print PDF
share
लेह। जम्मू-कश्मीर के लेह में बादल फटला के कारण मुसीबत के दौर अभी भी जारी बा। हमनी के मिलल जानकारी के अनुसार सियाचिन ग्लेशियर के पास लाइन ऑफ कंट्रोल (एलओसी) पर तैनात 15 बिहार रेजीमेंट के 33 जवान बाढ़ में लापता बाड़े सन। एह में तीन जूनियर कमिशन अधिकारी (जेसीओ) भी शामिल बा। सरकारी सूत्रन के अनुसार एह लोगन के पाकिस्तान अधिकृत कश्मीर का ओर बह जाये के आशंका बाटे।

सेना के एगो वरिष्ठ अधिकारी बतवलन कि एलओसी के पास तुर्टोक में तैनात जवान लोगन के अभी कुछ भी पता नइखे चली पावत। शुक्रवार रात से ही इ लोग लापता बाड़े। एह लोगन के पाकिस्तान अधिकृत कश्मीर की ओर बह जाये के आशंका के मद्देनजर सेना एह मामला में पाकिस्तानी अधिकारी लोगन से मदद के मांग कइले बिया। ऊ इहो बतवलन कि हालांकि सेना के जवान बाढ़ के हालात से निपटे में सक्षम बा लोग, लेकिन 48 घंटे से अधिक समय बीत गइला के बावजूद एह लोगन के कुछ भी पता नइखे चल पावत।

गौरतलब बा कि गत शुक्रवार के लेह में बादल फटे से भीषण तबाही मच गइल रहे। लेह आपदा में अब तक 150 लोगन के मरला के पुष्टि भइल बा, जबकि तकरीबन 600 लोग अभी भी लापता बाटे। लेह में भारी बारिश के कारण राहत और बचाव कार्य में काफी मुश्किल के सामना करे के पड़ रहल बा।
 
click here