सिवान। राजेंद्र बाबु के जनम दिन का दिने (3 दिसम्बर) पंजवार के धरती पर कदम रखते साथ भोजपुरी सम्राट भरत शर्मा के ई त अहसास हो गइल रहे कि ऊ एगो बढहन कार्यक्रम के हिस्सा बने जा रहल बाडन, लेकिन ई कार्यक्रम एतना बडहन हो जाई, एकर अहसास नाही भरत शर्मा के रहे, नाही आयोजकन के। भरत शर्मा के टीम के गायिका अराधना सिंह के अनुसार "हम एह तरह के सैकडन गो कार्यक्रमन के हिस्सा रहल बानी, लेकिन दर्शकन के, अउर खास कइ के महिला दर्शकन के जवन भीड, अउर जवन उत्साह एहिजा देखे के मिलल, ऊ एह से पहिले कबो ना देखले रहनी।"मंच पर पहुंचते साथ ओहिजा लोगन के अपार जन-समूह देख के भरत शर्मा कहलन "एक लाख से बेसी लोगन के जमावडा एह सम्मेलन के सफलता के कहानी कह रहल बा, अउर हमरा गर्व बा कि हम एह आयोजन के हिस्सा बानी। अश्लीलता के खिलाफ आयोजित एह सम्मेलन के अगर एतना जन-समर्थन मिल सकेला, त फेर हम कह सकेनी कि भोजपुरी गीत-संगीत में अश्लीलता के दिन अब ढेर नइखे बाचल।"
"भोजपुरिया डॉट कॉम अउर जय भोजपुरी डॉट कॉम काफी समय से भोजपुरी में अश्लीलता के विरोध कइ रहल बाटे, अउर एह तरह के आयोजन में अपार जन-समर्थन देख के मन खुश हो जाला। एक तरह से कहल जा सकेला कि एह तरह के सफल आयोजन हमनी के हौसला बढाये के काम करेला। अश्लीलता के खिलाफ एह लडाई में हम शुरु से लागल बानी, अउर आगे भी ई लडाई एही लेखां जारी रही।"
अपना गीतन से ओहिजा उपस्थित दर्शकन के झुमत देख के भरत शर्मा के उत्साह भी बढत गइल, अउर देर रात ले (करीब 1.30 बजे) भरत शर्मा के गीतन के जादू ओहिजा उपस्थित लोगन के सिर चढ के बोलत रहे।


