Home Samachar Uttar Pradesh पन्द्रह हजार करोड़ ले बढी उत्तर प्रदेश के बजट

पन्द्रह हजार करोड़ ले बढी उत्तर प्रदेश के बजट

E-mail Print PDF
share
लखनऊ। चालू वित्तीय वर्ष के मुकाबला में प्रदेश सरकार के 2010-11 के बजट में लगभग 15 हजार करोड़ के बढोतरी के संभावना बाटे। साल 2009-10 के 1.40 लाख करोड़ के बजट अगिला साल बढ़ के एक लाख 55 हजार करोड़ के आसपास के हो जाई।

वइसे सरकारी कर्मचारियन खातिर खुशी के बात ई बा कि साल 2006 से 2008 के अवधि के वेतन वृद्धि, महंगाई भत्ता आ पेंशन आदि खातिर वेतन समिति के अनुशंसा के अनुसार अवशेष 40 फीसदी के राशि के प्रावधान बजट में करे के तैयारी कइल जा रहल बाटे। ई राशि दस हजार करोड़ के आसपास होखे के अनुमान बाटे।

सार्वजनिक उपक्रम के कर्मचारियन के वेतन खातिर बजट में धनराशि के प्रावधान ना रही। एह उपक्रमन में वेतन समिति के संस्तुति तभी दिहल जाई, जबकि सम्बंधित उपक्रम वेतन देवे में सक्षम होख सन। प्रस्तावित बजट में एह बेर एगो नया परिवर्तन करे के भी तैयारी लगभग पूरी हो गइल बाटे। केंद्र सरकार के कुल्ह परियोजना के निर्माण में अभी ले लोक निर्माण विभाग आ सिंचाई विभाग के छोड़ के अन्य सभी विभाग परियोजना लागत के राशि में प्रशासनिक व्यय जोड़ के कुल्ह राशि निकालत रहले सन, लेकिन अब ई दूनो विभाग भी केंद्र सहायतित परियोजना में प्रशासनिक खर्चा जोडी। एह सम्बंध में नियोजन विभाग पहिलहीं निर्देश जारी क चुकल बाटे। एकरा अलावा वित्त विभाग सभ विभागन के निर्देश जारी क चुकल बाटे कि साल 2010-11 ग्यारहवीं पंचवर्षीय योजना के चौथा साल होई, एह से कवनो नया योजना ना तैयार कइल जाव।

एहिजा ई बतावल जरुरी बा कि वित्त विभाग सभ विभागन से 30 नवम्बर तक प्रस्ताव बजट अनुभाग के भेजे के निर्देश देले रहे, लेकिन कई गो विभाग आपन कठिनाई बतवले ह सन। एकरा बाद वित्त विभाग एगो प्रमुख सचिव स्तर के बैठक क के फैसला लिहलस कि अगर दस दिन के भीतर सभ विभागन से प्रस्ताव ना मिलल, त फेर बजट बनाये खातिर पर्याप्त समय ना मिल पाई।
 
click here