Home Samachar Uttar Pradesh गड़हा महोत्सव में रात भर बिखरल कलाकारन के जलवा

गड़हा महोत्सव में रात भर बिखरल कलाकारन के जलवा

E-mail Print PDF
share
बलिया/बक्सर। देश-विदेश में मशहूर गड़हा महोत्सव में २० फरवरी के को नामी गिरामी भोजपुरी कलाकारन के तिलिस्म में दर्शक लोग पूरा रात गुजार दिहल। कार्यक्रम के शुरूआत पूर्व रेल मंत्री आ बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव कइलन।

लालू यादव ना सिर्फ एह कार्यक्रम के उदघाटन कइलन, बल्कि एह में ऊ “बाबा हरिहर नाथ सोनपुर में खेले होली” समेत कई गो अउर होली गीत गाके लोगन के आश्चर्यचकित कइ दिहलन। गड़हा महोत्सव में जुटल भीड़ के देख के आश्चर्यचकित लालू अपना संबोधन में कहलन कि गड़हा विकास मंच सांस्कृति प्रकोष्ठ के संरक्षक भरत शर्मा व्यास आ अध्यक्ष गोपाल राय का ओर से आयोजित एह मोहत्सव में भोजपुरी के संगम होला । एह में खाली बलिया आ यूपी के ही ना, बल्कि बिहार समेत विभिन्न राज्यन के कलाकार आ दर्शक जुटेलन। पूर्व रेलमंत्री एह कार्यक्रम के अगिला साल अउर व्यापक पैमाना पर आयोजित करे के भी वादा कइलन।

कार्यक्रम में मासूम गायिका अंजली भारद्वाज "झुनूक-झुनूक अईली सातों रे बहिनिया" व "लागेला निक लागेला, मईया के बिंदिया लिलार बड़ा निक लागेला" देवी गीत प्रस्तुत कइली। एह कार्यक्रम में जय प्रकाश जिद्दी मंच के संचालन के जिम्मा बखूबी निभवलन। एह लोगन के अलावा गायक आ अभिनेता सुनिल छैला बिहारी, बालेश्वर यादव, वर्षा तिवारी, राकेश तिवारी, प्रियंका सिंह, बिजय लाल यादव, अजीत आनंद, भरत शर्मा, पूजा सिंह, हिना समेत दर्जनन गो कलाकार रात भर लोगन के अपना संगीत के मायाजाल में बंधले राखल।

एह मौका पे बलिया के सांसद आ पूर्व प्रधान मंत्री स्वः चन्द्रशेखर के पूत्र नीरज शेखर, मंच के अध्यक्ष हरिशंकर राय, विजय राय आदि लोग मिल के सभ अतिथियन के स्वागत कइल। महोत्सव के दौरान ही गोपाल राय के नया एलबम के लोकार्पण भी कइल गइल। एही मंच ने बिजय लाल यादव को भीम आ जिद्दी के “स्वर गौरव” सम्मान से सम्मानित कइलन। (फोटो: आलोक कुमार)