Home Samachar Uttar Pradesh राहुल के उत्तर प्रदेश पर खुब छलकल दीदी के 'ममता'

राहुल के उत्तर प्रदेश पर खुब छलकल दीदी के 'ममता'

E-mail Print PDF
share
लखनऊ। रेल मंत्री ममता बनर्जी द्वारा बुधवार के लोकसभा में पेश कइल गइल 2010-11 के रेल बजट में उत्तर प्रदेश के कई गो उपहार मिलल बाटे। एहमें कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी के संसदीय क्षेत्र अमेठी के खास ध्यान राखल गइल बा। वइसे एह रेल बजट में पूर्वांचल के उपेक्षा के भी आरोप लाग रहल बाटे।

बजट में रेलयात्रियन के सस्ती दर पर पीये के पानी मुहैया कराये खातिर देश में 6गो नया बॉटलिंग वाटर ट्रीटमेंट प्लांट स्थापित करे के घोषणा कइल गइल बाटे, जवना में एगो अमेठी में रही। उत्तर प्रदेश खातिर कुछ नया रेलगाड़ियन के ऐलान भी कइल गइल बाटे, जवना में सुल्तानपुर-मुंबई एक्सप्रेस आ सुल्तानपुर-अजमेर एक्सप्रेस शामिल बाटे।

कामगारन खातिर चलाये जाये वाली कर्मभूमि एक्सप्रेस रेलगाड़ियन में से एक सीतापुर-कटिहार कर्मभूमि एक्सप्रेस उत्तर प्रदेश के खाता में आइल बाटे। अहमदाबाद से आगरा के बीच अहमदाबाद-आगरा एक्सप्रेस चलाए जाये के भी प्रस्ताव एह रेल बजट में बाटे। एकरा अलावा देश के चारों कोना के जोडे खातिर चलाये जाये वाली 16 तीर्थ रेलगाड़ियन में से कई गो उत्तर प्रदेश से होकर गुजरिहें सन। हावड़ा-गया-आगरा-मथुरा तीर्थयात्रा रेलगाड़ी, इलाहाबाद-गया मथुरा-वृंदावन तीर्थयात्रा रेलगाड़ी, हावड़ा-वाराणसी-जम्मूतवी तीर्थयात्रा रेलगाड़ी, गंगासागर-वाराणसी तीर्थयात्रा रेलगाड़ी आदि उत्तर प्रदेश के विभिन्न क्षेत्रन से होके गुजरी।

एह सब के अलावा रेल मंत्री एह बजट में गोंडा-वाराणसी, झांसी-बांदा आ इटावा-कांसगंज पैसेंजर रेलगाड़ी चलाये के भी प्रस्ताव रखले बाडी। एह बजट में अमेठी से शाहगंज, अमेठी-सुल्तानपुर, दौराला से बिजनौर, संभल से गजरौला, इटावा-कांसगंज-मैनपुरी के बीच नया रेललाइन बिछाये के भी प्रस्ताव बाटे। रेल मंत्री बजट पेश करते समय इहो घोषणा कइली कि रायबरेली कोच फैक्टरी एक साल में काम कइल शुरू कइ दी।

बजट के बाद जहाँ उत्तर प्रदेश कांग्रेस एकर स्वागत कइलस, ओहिजे मुख्यमंत्री मायावती एकरा के सबसे बड राज्य के लोगन के उपेक्षा करार देहली। मायवाती के कहनाम बा कि पिछला बजट में भी बड-बड बात भइल रहे, लेकिन ओह में से कुछ भी हकीकत में पूरा ना भइल। मायावाती इहो कहनी कि बजट मात्र आँकडा के खेल बन के रह गइल बाटे, आ एह में उत्तर प्रदेश के घोर उपेक्षा भइल बाटे।