बलिया। भोजपुरी के सबसे पुरान वेबसाइटन में से एक अंजोरिया डॉट कॉम आज सात बरिस पूरा कर लिहलस। अंजोरिया से पहिले इंटरनेट पर भोजपुरी के नाम पर 1-2 ही वेबसाइट रहे, आ जवनो रहे उहो रोमन के प्रयोग करत रहे। वइसन कठिन माहौल में अंजोरिया देवनागरी लिपि के प्रयोग शुरु कइलस आ कुछ दिन बाद जब यूनीकोड आइल, तब अंजोरिया अपना के नया तकनीक के हिसाब से ढाल लिहलस।पेशा से डाक्टर श्री ओम प्रकाश सिंह जी पिछला 7 साल से एह वेबसाइट के चला रहल बानी, अउर बहुत ज्यादा तकनीकी ज्ञान ना भइला के बावजुद उहाँ का लगातार एह वेबसाइट के माध्यम से भोजपुरी के सेवा में लागल बानी। अंजोरिया के खुलला के बाद भोजपुरी के बहुत सारा वेबसाइट शुरु भइली सन, लेकिन ओह में से अधिकतर जल्दिये बंद हो गइली सन। एकरा वजह से एकर प्रासंगिकता अउर बढ जाता।
एह ऐतिहासिक उपलब्धि खातिर श्री ओपी सिंह और अंजोरिया के भोजपुरिया डॉट कॉम परिवार का ओर से शुभकामना। हमनी के उम्मेद बा कि इंटरनेट पर भोजपुरी के ई सफर अनवरत जारी रही।



आजु हमार तपस्या सफल हो गइल. समय के जरुरत बा कि भोजपुरिया आ अँजोरिया एक साथ मिल के भोजपुरी के काम में लागो. अलगा अलगा दुनु तरफ सही काम हो रहल बा. आ अगर हमनी का मिल जुल के काम करीं जा त भोजपुरी खातिर बहुत कुछ हासिल हो सकेला.
रउरा एह समाचार आ शुभकामना खातिर हमरा तरफ से आ अँजोरिया का तरफ से हार्दिक धन्यवाद.
जय भोजपुरी!
राउर,
ओम
अंजोरिया के 7 बरिस पुरा कईला पे बहुत बहुत शुभकामना आ बधाई बा , आ राउर प्रयास के शत शत नमन ।
सुधीर जी आ पंकज जी से रउवा बारे मे कई बेर बात भईल बा आ हमरा ओही लोगन से राउर निरंतर सफल प्रयास के बारे मे जाने के मिलल आ उ जानकारी ही रउवा के " शत शत नमन" करे के मजबुर कई देलस हा ।
भोजपुरी के असल सेवा इहे कहाला जहवा लोग मेवा के चक्कर मे ना पडेला , जहवा निःस्वार्थ भाव से सेवा करेला , जहवा लोग विशेष ना बनेला , जहवा लोग एह खातिर सेवा ना करेला की लोग ओकरा के विशेष कहो भा विशेष मानो ।
आ हम एगो बात जानत बानी की अगर "इण्टरनेट " पे भोजपुरी के विकास के बात आई त " अंजोरिया आ ओम प्रकाश सिंह " के नाव सबसे पहिले लिखाई आ आई ।
उपर वाला से प्रार्थना बा की एहि तरे बिना विशेष के तमगा लेके , बिना आपन पीठ थपथपा के बिना आपन कालर टाईट कईले भोजपुरी खातिर लागल रहे के बा आ हमरा लेखा एगो आम भोजपुरिया के , तुक्क्ष भोजपुरिया के प्रार्थना मे अंजोरिया आ ओम प्रकाश जी के बढंती हमेशा रही ।
धन्यवाद बा भोजपुरिया डाट काम के जे हमनी के परिचय एह साईट से करवलस । आ अब लागत बा की भोजपुरी के इण्टरनेट पे स्थिति मे काफी कुछ सुधरे वाला बा ।
राउर आपने
नवीन भोजपुरिया
ओ. पी. जी ... अंजोरिया के सात साल पूरा भैला पर बहूत बहूत बधाई |
शरत निखिल
भोजपुरी दर्पण डाट कॉम
भोजपुरी खातिर राउर जज्बा आ लगन देख हम नतमस्तक बानी | अंजोरिया के सात बरिस पूरा भईला पे बहु बहुत बधाई |
दुष्यन्त कुमार के एगोगजल के चार लाइन एहिजा देत बानी,
सिर्फ हंगामा खड़ा करना मेरा मकसद नहीं.
मेरी कोशिश है कि ये सूरत बदलनी चाहिये.
मेरे सीने में ना सही तो तेरे सीने में सही,
हो कहीं भी आग लेकिन आग जलनी चाहिये.
मकसद एके बा भोजपुरी के विकास.रउरो सभे एहिमें लागल बानी, हमहू अपना बेंवत भर करत बानी.
जय भोजपुरी.
बस इहे भाव से लागल रहे के बा ।
मकसद एके बा सबके बस तनि उनईस बीस हो रहल बा बाकी सम्हरात सम्हरात सम्हरा जाई ।
लक्ष्य सबके एके बा लेकिन काच्चा के रोड बा एह से गबडा जात बा की केने जाये के बा । लेकिन सब मिला के मंजिल सबके लउकत बा , बस इहे बा की आपन आपन अनुभव के बाटत एक दुसरा के बतावत बढत चले के बा ।
हमरा लेखा त उजबुक आदमी बहुत नीमन प्लेटफार्म मिल गईल बा एह से हमहु लागल बानी । आ रउवा सब के देख के हिमत बढी जाले आ लोग दियरी बुझो बा हैलोजन , इहे गर्मिया पाई के आदमी लहे लहे बढि रहल बा ।
आ जब इहे भाव रही त मंजिल के मिले के बा मिली ना त जाई कहवा ....
धन्यवाद आ आभार बा रवुआ के
जय भोजपुरी
ALOK KUMAR SING
MBA STUDENT, CHD
charan spars,
badi nik lagata ki raur bhagirath paryas safal hota,hamra taraf se kareja se badhee swikar kari.
bhee
NIGAM
bahute dil khus bhail i janke ki anjoria dot com ke saat baris pura ho gail. bhojpuria bhasa aur bhojpuria log bahute priy lagela.
aapke anuj
k k panday