कानपुर। आज काल्ह उत्तर प्रदेश में जुर्म के आंधी चल रहल बाटे। आये दिन हो रहल अपराध से लोगन के जीयल हराम हो गइल बा, अउर एहमें इज्जत के नाम पर हो रहल हत्या से ई साबित हो रहल बाटे कि भले मुख्यमंत्री मायावती जेतना भी दावा करस, लेकिन लोगन के अंदर कानून के नाम पर कवनो डर नइखे। ताजा मामला उत्तर प्रदेश के कानपुर जिला के हवे जहंवा एगो दादा आपन झूठ इज्जत के नाम पर अपना पोती के निर्मम हत्या कइ दिहलस। हमनी के मिलल जानकारी के अनुसार कानपुर के 19 साल के मालती अपना पड़ोस में रहे वाला एगो लइका से प्रेम करत रहली, जवन कि दोसरा जाति के रहे। ओकर घर वाला लोग के एह पर ऐतराज रहे, ओहिसे ऊ लोग ओकर शादी कहीं अउर तय कइ दिहल, लेकिन मालती अपना प्रेमी से मिलल-जुलल ना बंद कइलस, एही बात से खिसिया के मालती के दादा ओकरा के कुल्हाड़ी से काट दिहलन।
एकरा बाद दादा खुद पुलिस स्टेशन पहुंच के आत्मसमर्पण कइ दिहलन। दादा के पोती के मारे के तनिको अफसोस नइखे, बल्कि उनकर कहनाम बा कि ऊ हमरा परिवार के इज्जत खराब करत रहे, एहिसे हम ओकरा के मार देहनी।



Its really disgusting... just because of few blooody bastard like you... people from UP feel shame in telling that they are from UP otherwise our Uttar Pradesh is having the most talanted, educated, respectable, happening, leadership qaulity people...
The people like you.. should be shot dead in the middle of the road infront of everyone...