लखनऊ। उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री मायावती अब सीधे आम जनता से संपर्क साधे खातिर सोशल नेटवर्किंग साइट फेसबुक के सहारा लिहले बाड़ी। प्रदेश के जनता के साथ सीधा संपर्क करे खातिर मुख्यमंती के इ एगो सकारात्मक कदम बा। एह फेसबुक एकाउंट में मुख्यमंत्री मायावती के बारे में पूरा जानकारी बा।एह प्रोफाइल में मुख्यमंत्री मायावती अपना पंसदीदा कथन (Favorite Quotations) में लिखले बाड़ी कि "हाथी नहीं गणेश है, ब्रह्मा विष्णु महेश है"। एह पेज पर दिहल जानकारी के अनुसार मायावती के सबसे पसंदीदा फिल्म "हाथी मेरे साथी", अउर पसंदीदा टीवी शो "राखी का स्वयंवर" अउर "राखी का इंसाफ" बा। एकरा अलावा प्रोफाइल के हिसाब से सबसे चौंके बात इ बा कि उत्तर प्रदेश के मुखिया अउर बसपा सुप्रीमो मायावती के भोजपुरी गीत-संगीत पसंद बा। खैर, प्रोफाइल में चाहे जवन कुछ भी होखे लेकिन मायावती के फेसबुक पर एकाउंट होखल यूपी के लोगन खातिर एगो राहत भरल बात बा, अउर ई निश्चित तौर पर मानल जा सकेला कि यूपी में इंटरनेट के जादू अब जन-प्रतिनिधि लोगन के सिर चढ के बोल रहल बाटे।
एह प्रोफाइल के चर्चा कइल एह से जरुरी रहल ह कि हाल ही में मध्यप्रदेश में दू गो नाबालिक लइकन के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान के नकली प्रोफाइल बनवला के आरोप में पुलिस गिरफ्तार कइले रहल। अगर इ मुख्यमंत्री मायावती के प्रोफाइल सही बा त उनका से सीधा संपर्क लोगन खातिर आसान हो जाई। मुख्यमंत्री मायावती के प्रोफाइल के एह लिंक पे देखल जा सकेला:
http://www.facebook.com/profile.php?id=100001802008814



