लखनऊ। उत्तर प्रदेश आ घोटालन के चोली-दामन के साथ रहल बा, आ सबसे ताजा घोटाला केन्द्र सरकार के राष्ट्रीय रोजगार गारंटी अधिनियम (नरेगा) के हवे, जहँवा करोड़न रुपया के हेर-फेर के मामला सामने आइल बा।उत्तर प्रदेश के सीतापुर जिला में घोटाला के शिकायत मिलला के बाद खुद ग्राम विकास आयुक्त मनोज कुमार सिंह ओहिजा जा के जाँच कइले, त कई गो ग्राम सभा के रिकार्ड में हेर-फेर पावल गइल। एह मामला में दूगो ग्राम प्रधान, आ जिला सहकारी बैंक के मैनेजर का संगे कुल 14 लोग के खिलाफ मामला दर्ज कइल गइल बा।
एह से पहिले जब ग्राम विकास आयुक्त सोनभद्र जिला के दौरा कइले रहन, तब ओहिजा भी बहुत बड घोटाला सामने आइल रहे। नरेगा घोटाला के बारे में पता चलला पर राज्य सरकार सीतापुर के जिलाधिकारी से रिपोर्ट मँगले बिया, आ एह पुरा मामला के जाँच के भी आदेश दे दिहल गइल बा।
एह मामला में अब ले इ पता चलल बा कि हजारन मजदूरन का नांव पर फर्जी खाता खोल के करोड़न रुपया के भुगतान क दिहल गइल, आ ज्यादातर मामला में कवनो काम भी नइखे भइल।



