Home Samachar Uttar Pradesh पूर्वांचल में जड़ जमाये के तैयारी में जदयू

पूर्वांचल में जड़ जमाये के तैयारी में जदयू

E-mail Print PDF
share
वाराणसी। बिहार के बाद अब जनता दल यूनाइटेड पूर्वांचल में भी आपन जड़ जमाये खातिर आतुर दिख रहल बाटे। भाजपा से चुनावी गठबंधन टूटला के बाद पार्टी नेतृत्व नया सिरा से रणनीति बनावे में जुटल बा। इहां पार्टी अपना  स्टार प्रचारक अउर बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के चुनाव प्रचार खातिर मैदान में उतारी। नीतीश कुमार के  चुनावी सभा के कार्यक्रम के अंतिम रूप देहला के तैयारी चल रहल बाटे।

एही बीच में राज्य के विधानसभा के 403 सीटन पर प्रत्याशी उतरला के कवायद भी चल रहल बाटे। पूर्वांचल के सीटन पर उम्मीदवार लोगन के घोषणा मंगलवार तक होखला के उम्मीद बा। पार्टी के आला नेता लोगन के मानना बा कि बिहार से सटल उत्तर प्रदेश के सब जिला में नीतीश कुमार के प्रभाव अधिक बा। एह से एह सब जिला में मुख्यमंत्री के दौरा के रणनीति बनावल जा रहल बाटे। नीतीश पहिला चरण में चंदौली जिला के मारूफपुर, सकलडीहा, चंदौली, मुगलसराय, गाजीपुर, बलिया, गोरखपुर अउर सोनभद्र में चुनावी सभा के संबोधित करिहन।