Home Samachar Uttar Pradesh गोरखपुर में वायरलेस इंटरनेट सुविधा शुरु होई

गोरखपुर में वायरलेस इंटरनेट सुविधा शुरु होई

E-mail Print PDF
share
गोरखपुर। भारत संचार निगम लिमिटेड (बीएसएनएल) गोरखपुर क्षेत्र में जल्दिये वाई मैक्स सेवा शुरू करे जा रहल बाटे।

गोरखपुर क्षेत्र के महाप्रबंधक ताडक नाथ शुक्ल काल्ह एहिजा पत्रकारन के बतवलन कि वाई-मैक्स के सुविधा शुरू भइला पर उपभोक्ता लोग के बिना कवनो तार बिछवले इन्टरनेट आदि के सुविधा उपलब्ध हो जाई। ई सेवा सबसे पहिले गोरखपुर जिला के दक्षिणाचंल में स्थित बडहलगंज में शुरू कइल जाई। एकरा बाद क्षेत्र के सभ ब्लॉक में एह सेवा के शुरू कइल जाई।

उनुकर कहनाम बा कि एही तरह अगला एक साल में जिला में मोबाइल के 100 नया बी.टी.एस लगावल जाई, आ 3जी सेवा के विस्तार कइल जाई। एकरा अलावा गोरखपुर शहर में डब्लू.एल.एल आधारित ब्रॉडबैंड सेवा आ इंटरनेट प्रोटोकाल टेलीविजन (आईपी टीवी) सेवा भी शुरू करे के भी योजना बा।

लेकिन जिला में राजस्व के बदतर स्थिति के बारे में बतावत ऊ कहलन कि जिला में लगभग 20 करोड़ रुपया के राजस्व के भुगतान उपभोक्ता लोग पर बाकी बा, जेकरा के वसूले खातिर कानूनी कारवाई चल रहल बाटे। एकरा अलावा बेसिक फोन खातिर सीडीआर आधारित बिलिंग शुरू कइल जाई, जवना से उपभोक्ता लोगन के अपना फोन बिल के भुगतान करे में काफी सहायता मिली।
 
Comments (1)
Wi-Fi Service.....
1 Wednesday, 03 February 2010 10:26
SHASHANK MAURYA
This is good project for new generation age.and its provide us hi-fi & fast connectivity with world..........