Home Samachar Vishesh फेर आपन औकात पर उतरल राज ठाकरे

फेर आपन औकात पर उतरल राज ठाकरे

E-mail Print PDF
share
मुंबई। अब एकरा के मीडिया में दोबारा छाये के बेचैनी कहीं, या महाराष्ट्र के राजनीति में आपन उख़डत पांव संभारे के कोशिश, या फिर कुछ अउर, लेकिन महाराष्ट्र नवनिर्माण सेना के प्रमुख राज ठाकरे एक बेर फेर उत्तर भारतीयन के खिलाफ अपशब्दन के प्रयोग करत ओह लोगन के सबक सिखाए के धमकी देले बाडन। एह बेर ऊ मुंबई के ऑटो रिक्शा वालन के कथित मनमानी के मुद्दा बनावत कहलन कि "मीटर में गड़बड़ी करे वाला अउर सवारियन से बदतमीजी करे वाला ज्यादातर ऑटो चालक यूपी-बिहार के होला, अउर अगर ई लोग आपन मनमानी जारी राखल, त राज ठाकरे एह लोगन के अपना ताकत के एहसास करा दिहें।"

एहिजा संवाददाता लोगन के बात करत राज ठाकरे कहलन, कि "ई कुल्ह लोग बाहरी राज्यन से आयेला, अउर चाहेला कि महाराष्ट्र में भी वइसने कल्चर फैल जाव, जइसन उनका राज्यन में बा। ई लोग फर्जी कागजातन के सहारे मुंबई अउर ठाणे में रहेला।" राज ठाकरे मराठी ऑटो चालकन से अपील कइलन कि ऊ एह लोगन के साथ मत देव। ऊ कहलन कि अगर ई लोग आपन बदतमीजी जारी राखी, त इनकर अक्ल ठिकाने लगाये के काम उनकर पार्टी अपना हाथ में ली। आम लोगन के धमकी देत ऊ कहलन कि अगर राज ठाकरे तय कइ ली, त राज्य सरकार में एतना क्षमता नइखे कि सभ ऑटो वालन के सुरक्षा मुहैया करावल जा सके।

दु-चार गो गरीब रिक्सावाला, ऑटो वाला अउर सब्जी बेचे वालन के पीट के अपना के "शेर" बुझे वाला एह कायर के बारे में हमनी का एतने कहल चाहेब जा कि अगर एह धमकी के बाद पुरा महाराष्ट्र में कहीं भी कवनो उत्तर भारतीय पर हमला होता, त ऊ सिधे-सिधे राज ठाकरे के खिलाफ नामजद रिपोर्ट (मारपीट अउर देशद्रोह के) दर्ज करवाओ। छठ से ठीक पहिले ई बयान देके राज ठाकरे ई साबित कइ देले बाडन कि ऊ एगो गुंडा रहलन, गुंडा बाडे अउर गुंडई के बल पर ही महाराष्ट्र के सत्ता के ख्वाब देख रहल बाडन, जवन कि उनका कबो ना मिली।

 


Related news items:

 
Comments (1)
AUKAT OF RAJ THAKRE
1 Sunday, 09 October 2011 08:53
Akhilesh Kumar Singh
such an idiot person i don't like anything about thakre family.