Home Samachar Vishesh आपन बात : ई सम्मेलन खास रहल

आपन बात : ई सम्मेलन खास रहल

E-mail Print PDF
share
सिवान। भोजपुरिया डॉट कॉम (अउर जय भोजपुरी डॉट कॉम) के शुरुआत से लेके आज ले, भोजपुरी अउर भोजपुरिया समाज खातिर जवन कुछ भी हमनी का कइले बानी जा, ओकर कुछ आलोचक त रउआ के जरुर मिलिहन, लेकिन भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन के अपार सफलता ना सिर्फ ओह लोगन के मुंह बंद कइ देले बा, बल्कि ओह में से कई लोग त बकायदा अब आपन स्ट्रेटजी पर दोबारा गौर करे पर मजबूर हो गइल बाडन।

एक लाख से बेसी लोगन के सहभागिता वाला ई सम्मेलन ना सिर्फ भोजपुरी के झंडा बुलंद कइलस, बल्कि एह से अश्लीलता के समर्थकन के भी नींद उड गइल बाटे। कार्यक्रम के पूर्व-संध्या पर जब हमनी के टीम स्थानीय नवचेतना समिति के सदस्यन के साथ लिट्टी-पार्टी कइ के आयोजन स्थल पर तैयारी के जायजा लेत रहे, तब केहु कहल कि एह तरह के कार्यक्रम खातिर ई मैदान काफी बड बा, अउर एही वजह से पंडाल के मैदान के काफी छोट हिस्सा (आधा से भी कम) में लगावल जा रहल बाटे। ठीक चौबीस घंटा बाद के हालात ई रहे कि पंडाल के चारों ओर से खोल दिहल गइल रहे, मंच भी एक ओर से खोल दिहल गइल रहे, लेकिन तबो मैदान में तिल राखे भर के भी जगह ना रहे। "जय भोजपुरी" के नारा से आसमान गूंजत रहे, अउर हर आम अउर खास आदमी सिर्फ आ सिर्फ "भोजपुरिया" लागत रहे।

भोजपुरी सम्मेलन होखे, आ ओह में नेता ना आवस, ई बात एह सम्मेलन से पहिले केहु सोचले भी ना होई, लेकिन पंजवार के मुख्य सडक पर लागल वाहनन के भीड अउर सैकडन गो बोलेरो, स्कार्पियो, ट्रेक्टर अउर बस आ बैलगाडी से जवन लोग आवत रहे, ओह लोगन खातिर कवनो नेता से ज्यादा जरुरी रहे भोजपुरी के आत्म-सम्मान। स्थानीय रघुनाथपुर बाजार में उपस्थित कुछ लोग जब लोगन के एह समूह के पंजवार का ओर बढत देखल, त ओह लोगन के लागल कि अइसन ना होखे कि बाहर वाला लोग आके सब जगह छेंक लेव, अउर हमनी का पिछूआ जाईं। एकर नतीजा ई भइल कि आम तौर पर 8-9 बजे तक खुलल रहे वाला रघुनाथपुर बाजार ओह दिन 6 बजते-बजते बंद हो गइल। सबेरे के सत्र में त पूरा पंडाल भरल रहे, लेकिन सांझी खान (6-8 बजे) कुछ लोग खाना खाये चल गइल, त कुछ कुर्सी खाली लउके लागल। लेकिन, एकरा तुरंत बाद साढे आठ बजते-बजते त भीड एतना बढ गइल, कि ओकर कल्पना हमनी का कबो ना कइले रहली जा।

एह सम्मेलन के एगो अउर खास बात ई रहल कि एहिजा ओतना भीड के बादो कबो कवनो अव्यवस्था ना फइलल, कबो कवनो बवाल के नौबत ना आइल, अउर लोग शांति से बइठ के प्रोग्राम के आनंद लीहल। कुछ समय पहिले, मुठ्ठी भर अपराधियन के वजह से बदनाम सिवान के जनता के ई शांतिप्रिय चेहरा देख के जेतना चकित हमनी का रहनी जा, ओतने चकित शायद ओहिजा के पुलिस भी होई। समारोह के माहौल, अउर ओहिजा उपस्थित लोगन के समर्थन के अंदाजा एही से लगावल जा सकेला कि आईजी गुप्तेश्वर पाण्डेय के 50 मिनट के भाषण में कम से कम 50 बेर ताली जरुर बाजल होई, अउर भरत शर्मा के गीतन पर झूमत लोगन के देख के लोगन द्वारा अश्लीलता के समर्थन के बात बेमानी लागत रहे।

बहरहाल, समय त एह सफलता के जश्न में डूबे के बा, लेकिन हमनी के गोड अभियो जमीन पर बाटे। हर सफलता के जश्न हमनी का जरुर मनायेनी जा, लेकिन जश्न में 'बहकल' हमनी के संस्कृति नइखे। हमनी का शुक्रगुजार बानी जा सिवान के जनता के, मीडिया के, नवचेतना समिति के सदस्यन के, प्रभा प्रकाश डिग्री कॉलेज के प्रबंधन के, अउर पंजवार के बच्चा-बच्चा के, जे एह आयोजन में हमनी के सहयोग कइलस। जल्दिये एगो नया सम्मेलन के घोषणा होई, एही वादा के साथ... आईं, भोजपुरी खातिर कुछ कइल जाव...
 

Related news items: