Home Samachar Vishesh राज ठाकरे आ मनसे के मराठी प्रेम के सच्चाई

राज ठाकरे आ मनसे के मराठी प्रेम के सच्चाई

E-mail Print PDF
जी हाँ, बात होत बाटे राज ठाकरे के जे पूरा महाराष्ट्र में ई चेतावनी देले बाड़े की मराठी बोला, मराठी पढ़, मराठी लिख, सब मिला के मराठी हर जगह होखे के चाहीं, अउर ता अउर दू दिन पाहिले मराठी ना बोलला खातिर एगो विधायक अबू आजमी के विधान सभा के अन्दर पिटाई कई दिहल गईल, आ एही मराठी के झूठा प्रेम खातिर आ हिंदी के तार तार कई दिहल गईल।

वइसे इहे राज ठाकरे 2007 के महानगर पालिका चुनाव (बीएमसी) में हिन्दी के ना सिर्फ सहारा लेले रहले, बल्कि हिन्दी में भाषण (स्त्रोत: स्टार न्यूज) भी देले रहले। खैर, बात एतने पर खतम नइखे होत, एगो अखबार जब राज ठाकरे आ उनुका विधायकन के मराठी अस्मिता के नाटक के बारे में पता कइलस, त बहुत सारा चौंकाये वाला तथ्य मिलल, जवन कि रउरा एहिजा देख सकेनी।

1. राज ठाकरे के लईका अमित मुंबई के सबसे पॉश अउर हाई फाई स्कूल "बोम्बे स्कॉटिश" से पिछला साल आपन पढाई ख़तम कईले, मजे के बात ई बाटे कि ऊ आपन पढाई अंग्रेजी माध्यम से पूरा कइले, आ एच्छिक विषय का रुप में भी ऊ मराठी का जगह एगो विदेशी भाषा के चुनाव कइले।

2. राज ठाकरे के लईकी उर्वशी भी आज के समय के ओही स्कूल में पढ़त बाड़ी आ उहो अंग्रेजी में ही पढ़त बाड़ी मराठी प्रेम उहन लोगन के नईखे जागल।

3. रमेश वांजले (एम एन एस विधायक जे अबू आजमी पे हाथ उठवले रहल) के लईका मयुरेश जे स्प्रिंगडेल हाईस्कूल में कक्षा 5 में पढेलन, जवन अग्रेजी माध्यम के हवे आ उनकर पढाई भी अंग्रेजी माध्यम में होत बिया, इनकर बाद लईकी सयाली मराठी मीडियम में पढ़ला के बावजूद आज के समय में कक्षा 11 में बाड़ी आ अंग्रेजी मीडियम से पुणे के सिंहगढ़ कॉलेज में पढ़ रहल बाड़ी। हाँ, इनकर छोट लईकी एह समय मराठी मीडियम में बाड़ी।

4. राम कदम के लईका भी मुंबई - बांद्रा के एगो कॉन्वेंट स्कूल में पढेलन।

5. बाला नन्दगाँवकर के लईकी शरुष्टी कक्षा 3 में एगो अग्रेजी माध्यम के स्कूल आर्या विद्यामंदिर (बांद्रा) में पढेली।

6. एमएनएस के प्रवक्ता अउर विधायक नितिन सरदेसाई के लईका यश आर ए कॉलेज के विद्यार्थी हवन लेकिन ऊ भी किंगजॉर्ज हाईस्कूल में अंग्रेजी माध्यम से आपन पढाई कईले बाडन।

7. नाशिक से एम एल ए नितिन भोंसले के लईका पृतविश कक्षा 2 में बाड़े आ उनकर पढाई अंग्रेजी माध्यम के स्कूल "फ्रावाशी इंटरनेशनल" में होत बाटे जेकर उदघाटन 2002 में राज ठाकरे कईले रहलन।

8. कल्याण (देहाती क्षेत्र) के विधायक रमेश पाटिल के लईका विक्की दुबई से एमबीए करत बाड़े आ उनकर छोट लईका कक्षा 6 में सेंट टेरेसा स्कूल में पढाई कर रहल बाड़े।

9. विख्रोली के विधायक मंगेश सांगले के डेढ़ साल के लईका ऐरोली के एगो अंग्रेजी प्लेस्कूल में जात बाड़े।

10. कन्नाड (औरंगाबाद) के विधायक हर्षवर्धन जाधव के लईका आदित्यावर्धन टोडलर्स इंग्लिश स्कूल, औरंगाबाद में पढ़त बाड़े |

ई जनला के बाद एक चीज बहुत साफ बाटे कि ऊ लोग अपना लईकन के भविष्य के लेके बहुत जागरूक बाटे आ रहे के चाहीं, लेकिन ऊ लोग काहें फेरु मराठी के नाम ले के दोसरा के भविष्य के बिगाडे के कोशिस करत बा लोग? का उहन लोगन के लाज नईखे कि खुद ता अपना लईकन के अंग्रेजी मीडियम में पढ़ावत बा लोग, अंग्रेजी सिखावत बा लोग, लेकिन बाकी लोगन के मराठी ही पढावे आ सिखाये पर जोर देता। जब एतना दम बा, आ मराठी से एतना प्यार बा, त फेर ई दोमुँहा सिद्धांत काहें? पढाव लोग अपना लइका के भी मराठी में। एह सब देख के त इहे लागता कि ई लोग मराठी के इस्तेमाल खाली आपन लाभ आ वोट खातिर क रहल बाड, ओह से बेसी कुछ ना।

लेकिन एक बात त एह लोगन के जान जाए के चाहीं कि जवना दिन मराठी लोगन के एह लोगन के असलियत मालूम पड़ गईल, ओह दिन एह लोगन के लुकाये के जगह ना मिली।

(एह आलेख के कुछ हिस्सा इंडियन एक्सप्रेस से लिहल गइल बा)

Related news items:

 
Comments (1)
दू गो कुकूर ?
1 Thursday, 12 November 2009 13:56
रमेश कुमार
वाह, जानवर से एतना प्यार आ इंसान से एतना नफरत ?
आ अगर ई मनसे के मराठी प्रेम ह त का कहल जाव, जनता के बेवकुफ बना के वोट लिहल जा रहल बा.
सांचो, जहिया मराठी लोग ई जान जाई, ओह दिन ई सब कहाँ जइहें सन?