मुंबई। मुंबई से सटल कल्याण में उत्तर भारतीय छात्रन के पिटाई के मामला में महाराष्ट्र नवनिर्माण सेना (मनसे) के अध्यक्ष राज ठाकरे आज बांद्रा के खेरवाड़ी कोर्ट में पेश भइले। बांद्रा मेट्रोपोलिटन कोर्ट में राज ठाकरे के अलावा मनसे के 10 गो आउर कार्यकर्ता के भी पेशी भइल।
पिछला साल 19 अक्टूबर के रेलवे भर्ती बोर्ड के परीक्षा देवे मुंबई आइल उत्तर भारतीय छात्रन के कल्याण स्टेशन पर जमकर पिटाई कइल गइल रहे। राज ठाकरे के पार्टी मनसे के कार्यकर्ता सभ मिल के उत्तर भारतीय लोगन के महाराष्ट्र में आये के विरोध करत हँगामा खडा कइले रहले सन। आ एकरा संगे- संगे परीक्षा केन्द्र पर भी जमकर तोड़फोड़ मचावल गइल रहे।


