मुंबई। भारत एहिजा 28 साल बाद वर्ल्ड कप जीत के इतिहास दोहरा दिहलस। गौतम गंभीर अउर कप्तान महेन्द्र सिंह धोनी के शानदार पारियन के बदौलत टीम इंडिया श्रीलंका के 275 रन के लक्ष्य 4 विकेट के नुकसान पर ही हासिल कइ लिहलस। एह से पहिले टॉस जीत के श्रीलंका 274 रन बनवले रहे। भारतीय पारी के शुरुआत विरेन्द्र सहवाग अउर सचिन तेन्दुलकर कइलन। पारी के पहिला ओवर के दोसरका गेंद पर जब सहवाग बिना खाता खोलले आउट हो गइलन, तब स्टेडियम में सन्नाटा छा गइल। एकरा बाद गंभीर मैदान पर अइलन। सचिन अउर गंभीर मिल के पारी के संभारते रहे लोग कि मलिंगा के एगो गेंद पर सचिन मात्र 18 रन के स्कोर पर आउट हो गइलन। भारत अब बैकफुट पर आ चुकल रहे, आ पूरा स्टेडियम में एगो अजीब खामोशी पसर गइल रहे।
अइसन कठिन समय में गंभीर अउर विराट कोहली मिल के भारत के स्कोर 100 के पार पहुंचावल लोग। गंभीर आपन फिफ्टी पूरा कइलन, अउर विराट भी एगो बड़हन पारी का ओर जात लउकत रहलन, लेकिन तबे मैच में फेर एगो ट्विस्ट आ गइल। दिलशान विराट के 35 रन पर आउट कइ दिहलन, अउर स्कोर 114 रन पर तीन विकेट हो गइल।
अइसन कठिन परिस्थिति में धोनी एगो नया दांव खेललन। युवराज के बदले ऊ खुद मैदान पर अइलन, अउर गंभीर का संगे मिलके धीरे-धीरे श्रीलंकाई बोलरन पर हावी होत चल गइलन। धोनी आ गंभीर मिलके भारत के स्कोर 200 के पार पहुंचावल लोग। एकरा बाद धोनी आपन फिफ्टी भी पूरा कइलन। दोसरा छोर पर गंभीर अपना शतक का ओर बढ़त रहलन। लेकिन, 97 रन पर गंभीर परेरा के एगो धीमी गेंद पर बोल्ड हो गइलन। एकरा बाद युवी अउर धोनी मिल के श्रीलंकाई बोलरन के हावी ना होखे दिहल लोग, अउर 10 गेंद रहते धोनी छ्क्का मार के भारत के ई ऐतिहासिक जीत दिला दिहलन।
एह से पहिले टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे उतरल श्रीलंकाई टीम महेला जयवर्द्धने (नाबाद 103) के शानदार शतक के बदौलत निर्धारित 50 ओवर में छह विकेट पर 274 रन बनवलस भारत का ओर से जहीर खान अउर युवराज सिंह दू-दू गो विकेट लिहल। जहीर 21 विकेट का संगे पाकिस्तान के शाहिद अफरीदी के सबसे बेसी विकेट लेवे वाला खिलाडी बन गइल बाडन।
फाइनल मैच के "मैन ऑफ द मैच" के खिताब कप्तान धोनी के मिलल, जबकि युवराज सिंह के "प्लेयर ऑफ द टूर्नामेंट" घोषित कइल गइल। एह मैच के बाद सचिन अउर बाकी खिलाडी लोग काफी भावुक हो गइल, जबकि देश के कोना-कोना एह जश्न में डूब गइल। क्रिकेट के भगवान कहाये जाये वाला सचिन के अनुसार ई उनका कैरियर के सबसे बडहन दिन रहल ह, अउर एह जीत के पिछे टीम के हर सदस्य के लगन, मेहनत आ जज्बा के हाथ बा।



Jabardast.
sab kehu ke badhai...mubarakbad.